कोलकाता के भव्य पंडाल पूरा दुनिया में छा जाला

0
583

नवरात्र के दिन में पूरा देश में धूम होला लेकिन कोलकाता में दुर्गा पूजा पंडाल के भव्य रुप देखे के मिलेला। हर साल उहा हजारों पंडाल लगावल जाला साथे कई अईसन पंडाल भी बनेला जे भारत में सुर्खी में आ जाला। एहिजा रउवा ऐतना सोना देखे के मिली जे रउवा कबो ना देखले होएम। सोना के बनल मूर्ति ता कही सोना के पंडाल। कोलकोता के नॉर्थन पार्क में दुर्गा पूजा के अईसन पंडाल बनल जेकर कुल बजट 6.5 करोड़ रूपया बा और पंडाल के विषय हरमंदिर साहिब अमृतसर (स्वर्ण मंदिर) रहे।

कहि दुर्गा उत्सव समिति माता दुर्गा के मूर्ति में 50 किलो सोना लगवा के बनावेला जेकर कीमत करोड़ों में रहेला त कही मां दुर्गा के गोल्डन साड़ी पहिनावल जाला, कही चांदी के रथ चढ़ावल जाला त कहि मां के एगो हाथ चाँदी के बनावल जाल आउर ऊपर से नीचे तक 50 किलो सोना के इस्तेमाल भी कईल जाला। कोलकाता के एगो दुर्गा उत्सव समिति माता दुर्गा के मूर्ति में 50 किलो सोना लगा के पंडाल निर्माण करईलस जेकर कीमत करोड़ों में बा। अईसे त पूजा पांडालों में आवे वाला लोग के मूर्ति छूवे के इजाजत ना होला लेकिन कोलकाता में एह साल दुर्गा पूजा के एगो अईसन पांडाल भी बनावल गईल बा जहां लोग के मूर्तिय छूके उकर आर्टवर्क के देखे खातिर आमंत्रित कईल जा रहाल बा। पंडाल के एतना खूबसूरती से बनावल जाला कि आपके आंख एकरा देखके धोखा खा जाई।

एतने ना पंडाल के भी बिल्कुल शीश महल के खानी सजावल जाला। जहां कई टन कांच के इस्तेमाल कईल जाला आउर बाहरी रुप मायापुर के इस्कॉन मंदिर के तरह बनावल जाला। दुर्गा माता के ई मूर्ति आउर पंडाल में जेतना सोना लागेला ओकर कीमत करोडो रुपया में बतावल जाला। ऐतना ना दुर्गा पूजा समिति भी कहेला कि कोलकोता में दुर्गा मां के सबसे मंहगा मूर्ति कोलकोता  लागेला। मां के पूजा खातिर लोग के लंबा लाइन लागेला।  भगदड़ न हो एखतिर लोग के रोक के धीरे-धीरे दर्शन करावल जाला। अईसन हमेशा होला की कोलकाता के दुर्गा पूजा पूरा भारत में आकर्षण के केंद्र रहेला।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here