उत्तर प्रदेश के नया डीजीपी बनलें बिहार के ओमप्रकाश सिंह

0
1283

उत्तर प्रदेश के नया डीजीपी.. 1983 बैच के आईपीएस अधिकारी ओम प्रकाश सिंह होंइहन। केंद्रीय औद्योगिक सुरक्षा बल में डीजी के पद प तैनात ओपी सिंह के कैबिनेट कमेटी ऑफ अपॉइंटमेंट रिलीव करे के मंजूरी दे दिहले बा।

ओम प्रकाश सिंह आईपीएस बनला के बाद उत्तर प्रदेश के कइगों महत्वपूर्ण पद प रहलें। उ भारत के आंतरिक सुरक्षा, अपराध जांच, कानून व्यवस्था, खुफिया विभाग समेत इलाहाबाद में कुंभ मेला जइसन आयोजन के सफलतापूर्वक अंजाम तक पहुंचइले बाडन।

साथ ही ओ.पी.सिंह जम्मू-कश्मीर में बाढ़, नेपाल में भूकंप, हुदहुद में चक्रवात अउर चेन्नई में शहरी बाढ़ जइसन बड़ आपदा से हजारों पीड़ित के बचावे खातीर सफलतापूर्वक आपन टीम के संचालन कइले बाडन।

उनका सुरक्षा खातीर क्वालिटी एक्सिलेंस अवार्ड-2017 ,वीरता खातीर भारतीय पुलिस मेडल, प्रतिष्ठित सेवा खातीर भारतीय पुलिस पदक ,मेरिटोरियस सर्विसेज खातीर भारतीय पुलिस पदक, सुरक्षा तंत्र के पुनर्निर्माण अउर आपदा राहत कार्य के सफलतापूर्वक नेतृत्व करे खातीर ‘असाधारण योगदान पुरस्कार-2016’ से भी सम्मानित कइल जा चुकल बा।

ओमप्रकाश सिंह राष्ट्रीय समाचार पत्र अउर पत्रिका में भी लेख लिखत रहेलन।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here