लालू यादव पर बनी भोजपुरी में बायोपिक, देखी के बा लीड रोल में

0
624

बिहार के कद्दावर नेता रह चुकल लालू प्रसाद यादव के जीवन पर भोजपुरी में फिल्म बने जाता। फिल्म के नाम होई लालटेन। बिहार के मुख्यमंत्री रह चुकल राजद नेता लालू प्रसाद यादव   पर भोजपुरी में बायोपिक फिल्म बने जाता। फिल्म के नाम लालटेन होई आउर भोजपुरी अभिनेता यश लालू यादव के किरदार में नजर अईहें। फिल्म के नाम लालटेन एहले रखल गईल बा काहें से लालू यादव के पार्टी राजद के चुनाव चिह्न लालटेन हवे। बिहार के राजनीति में अच्छा पकड़ रखे वाला लालू प्रसाद यादव एगो अच्छा वक्ता होखे के साथे साथे गजब के सेंस ऑफ ह्यूमर भी रखेलें  आउर राजनीति में उनकर काफी दबदबा रहल बा।

लालू यादव, यश
लालू यादव, यश

फिल्म अगला साल फरवरी में रिलीज होई आउर इ लालू के निजी आउर राजनीतिक जीवन के बारे में बात करी। फिल्म में लालू प्रसाद यादव के पत्नी राबड़ी देवी के किरदार अभिनेत्री स्मृति सिन्हा निभा सकेली। राबड़ी देवी के बारे में बात करीं त घर परिवार के साथे साथे राबड़ी देवी मुश्किल वक्त में लालू के साथ निभाके वक्त पर बिहार के मुख्यमंत्री पद संभलले रहली जब लालू के पार्टी में कवनो विश्वासपात्र के जरूरत रहल।

यश कुमार के बात कईल जाव त यश भोजपुरी सिनेमा में काफी समय से सक्रिय बाने। उ दिलदार सांवरियां से भोजपुरी सिनेमा में कदम रखले रहलनआउर ओकरे बाद ओनकर कई गो फिल्म जईसे- दरिया दिल, रुद्र अच्छा बिजनेस कर चुकल बा।फिलहाल अगर बात कईल जाव त लालू प्रसाद यादव जेल में बाने आउर ओनकर छोट बेटा तेजस्वी यादव पार्टी का कामकाज संभाल ताने।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here