JDU प्रमुख आउर बिहार के वर्तमान CM नीतीश कुमार अचानके लापता हो गईलन। मुख्यमंत्री के लापता होखला के खबर सुनके बिहार पुलिस प्रशासन में हड़कंप मच गईल।दरअसल मामला बिहार के पटना के ह जहवां नीतीश कुमार के विरोध में पोस्टर लगावल गईल। पोस्टर में ई लिखल रहे कि- “बिहार के सीएम नीतीश कुमार लापता बाने, जे उनके ढूंढ़ के ले आई, बिहार ओकर सदा आभारी रही।”
पोस्टर लगवले के खबर सुनते पुलिस प्रशासन में हड़कंप मच गईल काहें से अइसन पोस्टर पटना के JDU कर्यालय के बाहर भी देखे के मिलल। पोस्टर कई जगह सड़क के किनारे भी देखे के मिलल।
एगो आउर पोस्टर पर लिखल बा कि “अदृश्य मुख्यमंत्री पांच साल में बस शपथ ग्रहण के दिन दिखाई देलन।” इहे ना, एक जगह लिखल रहे कि ‘ध्यान से देखीं सभे एह चेहरा के कई दिन से ना त देखल गईल बा, ना सुनल गईल बा।”
अउरी कई जगह पर लागल पोस्टर में मुख्यमंत्री के गूंगा अउरी बहरा तक कहल गईल बा।दरअसल एह तरह के पोस्टर लगईला के पीछे एगो खास वजह बा। त आईं जानल जाव कि ऊ खास वजह का बा।
नागरिकता संशोधन कानून (CAA) के मुद्दा अबहिन शांत ना भईल कि बिहार में NRC के मुद्दा के लेके राजनीति (Politics) तेज हो गईल बा। एही विषयन पर राजधानी पटना में Poster War शुरू हो गईल बा। एह पोस्टर के जरिये बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पर जम के निशाना साधल गईल बा। पटना के वीरचंद पटेल पथ स्थित राष्ट्रीय जनता दल कार्यालय के बाहर आउर कई इलाका में लगल एह पोस्टर में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के गूंगा, बहरा अउरी अंधा होखे के साथ-साथ लापता बतावल गईल बा। ई पोस्टर के लगवले बा अबहिन ले स्पष्ट नाहीं भईल।
आरजेडी कार्यालय पटना के वीरचंद पटेल मार्ग आउर एयरपोर्ट रोड में जगह-जगह लगल ई पोस्टर चर्चा के बिषय बा। पटना में सीएम के गुमशुदगी के पोस्टर्स के लेके पुलिस आउर स्थानीय प्रशासन गम्भीर बा।
आरजेडी विधायक कहलन कि उनकर पार्टी एह तरह के ओछा हरकत नाहीं कर सकेला। ई आरजेडी के बदनाम करेके साजिश ह। ऊ कहलन कि प्रशासन के एह मामला के जांच करेके चाहीं।