कवनो मुकाम के हासिल करे खातीर उम्र कबो बाधा ना होला। इ फलसफा के सही साबित कके दिखइले बाड़न, बिहार के एगो 98 (अन्ठानवें) साल के बुजुर्ग राजकुमार। उ पटना के विश्वविद्यालय से अर्थशास्त्र में एमए के डिग्री हासिल कके युवा खातीर एगो मिसाल कायम कइले बाड़न । बिहार के 98 (अन्ठानवें) वर्षीय बुजुर्ग राजकुमार पटना के नालंदा मुक्त विश्वविद्यालय से सितंबर के महीना में अर्थशास्त्र में एमए के इम्तिहान पास कइले रहन। विश्वविद्यालय उनका एगो समारोह में परीक्षा पास कइला प सफल परीक्षार्थी के डिग्री दिहलस।
राजकुमार एह मौका प व्हीलचेयर में बैइठ के अइलें अउर एम.ए. के डिग्री लीहलन। इ दृश्य दिल के छू जाए वाला रहे। इ लम्हा के देखके उहां मौजूद सब लोग राजकुमार के सम्मान में जोरदार ताली बजावे लगलें। राजकुमार से जब पूछल गइल कि युवा लोगन के उ का संदेश दीहल चाहतारन। त एकर जवाब में उ कहलें कि “हमेशा लोग के कोशिश करत रहे के चाहीं, काहे की कोशिश करे वालन के कबो हार ना होला।”