भोजपुरी गायिका देवी के दिल एगो लड़का पर आ गईल बा जवन लड़का भारत के ना ह, चाहे कही के राजकुमार भी ना ह, बल्कि ब्राजील के ह अउरी लड़का के नाम फैब्रिसियो ह. देवी कहली कि अगर सब कुछ ठीक ठाक रहल त दुनू शादी भी कर लिहे.

बिहार के जानल-मानल भोजपुरी गायिका देवी के दिल ब्राजील के एगो लड़का पर आ गईल बा. लड़का के नाम ह फैब्रिसियो. देवी कहली की अगर हमनी के बिच सबकुछ सही चली त कुछ समय बाद हमनी दोनों शादी भी कर लेम. देवी ई भी कहली की हम साथी में विश्वास करेनी, शादी में नाहीं. न्यूज़ 18 के एगो इंटरव्यू में देवी कहली कि उनका वेस्टर्न कल्चर पसंद ह जहां एक दूसरे के जाने अउरी पसंद करे के बाद लोग वैवाहिक बंधन में बंधेले.
देवी बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू यादव के बेटा तेजप्रताप अउरी ऐश्वर्या के शादी के बाद मचल घमासान के उदाहरण भी देहली. देवी कहली कि अगर तेजप्रताप अउरी ऐश्वर्या एक-दूसरे के पहले से समझ गईल रहते त शायद ई हालात ना पैदा होईत. बिहार के मशहूर लोक गायिका कहली कि शादी के पूर्व एक दूसरे के समझल काफी जरूरी ह. देवी इहो बताईली कि एक साल पहले फैब्रिसियो से उनकर दोस्ती भईल रहे. दुनो में नजदीकी बढ़ चुकल बा अउरी दुनो शादी के निर्णय भी ले चुकेल बाड़े.छठ पूजा के बाद से देवी आज कल अपना छपरा स्थित घर पर रह रहल बाड़ी. छठ पूजा के दौरान उनके कई नया गाना धूम मचईलस. साथे साथ देवी भोजपुरी गाना गावे वाला लोग से अपील कईली कि अश्लीलता से भरल भोजपुरी गीत से परहेज कर के आउर अच्छा भोजपुरी गीत के प्रोत्साहित करी ताकि भोजपुरी के मान दुनिया में बढ़े.