भोजपुरी फिल्म ‘संघर्ष’ वर्ल्डवाइड चैनल आउर जितेन्द्र गुलाटी द्वारा प्रस्तुत कईल गईल बा. यूट्यूब पर इह फिल्म के तीन दिन में 1.2 करोड़ से ज्यादा लोग देखले बा. वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स लिमिटेड के इह फिल्म में मुख्य भूमिका के भोजपुरी फिल्म के सफल अभिनेता खेसारीलाल यादव आउर काजल राघवानी निभाईले बाड़ी. फिल्म के निर्माता रत्नाकर कुमार फिल्म के सफलता पर कहली कि भोजपुरी सिनेमा के इतिहास में पहली बार यूट्यूब पर कवनो फिल्म के इतना लोग देख रहल बा. भोजपुरी सिनेमा के खातिर ऐसे बड़का बात आउर का हो सकेला.
निर्माता रत्नाकर कुमार कहले कि फिल्म में खेसारी खेसारी लाल यादव आउर काजल राघवानी के किरदार जहां मन के भावुक कर देता त उहवे अवधेश मिश्रा के चरित्र समाज के सीख देता. अवधेश मिश्रा लीक से हटके किरदार निभईले बाड़े. उ कहले कि “फिल्म ‘संघर्ष’ पूरा परिवार संग देखे लायक एक सिनेमा का निर्माण किया गया है. एक्शन और फैमिली ड्रामा से भरपूर ई फिल्म बेटियों के महत्व के बारे में समाज के हर वर्ग के एगो अच्छा संदेश देवे के काम कर रहल बा.
बताते चली कि हाल ही में सबरंग भोजपुरी फिल्म अवार्ड में भी अलग-अलग कैटेगरी के एक दर्जन अवार्ड फिल्म ‘संघर्ष’ के नाम रही. ऐके अलावा विकास सिंह वीरप्पन द्वारा आयोजित भोजपुरी सिनेमा स्क्रीन एंड स्टेज अवार्ड्स 2019 में फिल्म ‘संघर्ष’ के सर्वश्रेष्ठ श्रेणी में बेस्ट फिल्म, बेस्ट एक्टर, क्रिटिक्स बेस्ट एक्ट्रेस, बेस्ट डायरेक्टर, बेस्ट स्टोरी एंड स्क्रीनप्ले राईटर इत्यादि कैटेगरी के बेस्ट अवॉर्ड देके सम्मानित कईल गईल बा.