व्रत के नाम आवते ही सबसे पहिले श्रद्धा आउर भक्ति के ख्याल आवेला। कुछ लोग व्रत के वजन कम करे आउर फिटनेस से जोड़े लन। व्रत सबके सेहत के लिए बहुते अच्छा बा। व्रत करे से शरीर के सब विषैले पदार्थ साफ हो जाले। आप जानल चाहेब ई सब कइसे होला…हम उ खास बात के आप के बता रहल बानी जेह से ई पता चलेला कि आखिर व्रत करे वाला लोग काहे लंबा जीवन जिएला….
- व्रत के चलते शरीर में फैट बर्निंग प्रोसेस शुरु हो जाला। जेकरा चलते शरीर के चर्बी तेजी से खत्म होखे लागेला।
- शरीर के फैट सेल्स से लैप्टिन नाम के हॉर्मोन निकले ला। व्रत के चलते कम कैलोरी मिले से लैप्टिन की सक्रियता कम हो जाला। तब वजन कम होखे शुरु हो जाला।
- व्रत के दौरान कुछ आवश्यक पोषक तत्वों के लेवल बहुत जरुरी ह। व्रत के बाद जब भी कुछ खाए के मन करे तब कोशिश करे के चाहि कि पौष्टिक हो ना कि फैट से भरल। ना ता वजन घटे के बजाय बढ़ जाई।
- व्रत करे से शरीर में नया रोग प्रतिरोधक कोशिका बने शुरु हो जाएले। साउथ कैलिफोर्निया यूनिवर्सिटी ऑफ के विशेषज्ञ की कहनाम बा कि कैंसर के मरीज के लिए व्रत रखना बहुत फायदेमंद होला. खासतौर पर उन मरीज खाती जो कीमोथेरेपी लेवे शुरु कर देले बाड़न।
- इ जरूरी ना ह कि जब कोई धार्मिक मौका हो तब्बे आप आप व्रत करीं। शरीर के अंदरुनी गंदगी साफ करे और पाचन क्रिया बेहतर बनावे खातिर कभी भी सुविधानुसार व्रत कइल जा सकेला।
- कई गो रिसर्च में ये पाइल गईल बा कि कुछ समय के लिए व्रत रखे से शरीर में मेटाबॉलिक रेट 3 से 14 फीसदी तक बढ़ जाला।
- व्रत करे से दिमाग भी स्वस्थ रहे ला। व्रत करे से डिप्रेशन और मस्तिष्क से जुड़ी कई समस्याओं में भी फायदा होखेला।
- आज के समय में तनाव एक बहुत बड़ मेडिकल समस्या हो गईल बा। व्रत करने से आदमी के मानसिक तनाव में कमी आवेला आ आंदमी के मन बहुत हल्का महसूस करेला।
इ सब कुछ अइसन बात बा जेकरा व्रत में अपनावे से आदमी लंबा जीवन जी सकेला।