बॉलीवुड के महानायक अमिताभ बच्चन के जन्मदिन आज पूरा देश मना रहल बा| उ सबकर चहेता बाड़न| अमिताभ बच्चन के अइसन जलवा बा कि एक्टिंग के दुनिया के बड़ा-बड़ा सितारा भी उनकरा साथ एक सीन करे खातिर तरसेलन| उनकरा से बॉलीवुड के सितारा के साथे साथ पूरा दुनिया बहुत प्यार करेला, लेकिन का रऊआ लोगन के इ पता बा कि महानायक के भी केहु से बहुत प्यार बा| जी हं, बता दीहीं की अमिताभ बच्चन के जानवर से केतना प्यार बा,इ रऊआ लोगन के एह वीडियो से पता लाग जाई|
अमिताभ बच्चन जेतना फिल्म इंडस्ट्री में एक्टिव रहेलन ओतने उ सोशल मीडिया पर भी एक्टिव बाड़न, अब उ पेट्स संगे कई मजेदार वीडियो शेयर कइले बाड़न जवन की एतना इमोशनल बा कि एकरा के देखके रऊआ इ डॉग के तारीफ कइले बिना ना रह पाईब|
इ वीडियो के देखके रऊआ इ अंदाजा लगा सेकली कि अमिताभ बच्चन डॉग लवर बाड़न, काहे की एह वीडियो पर महानायक के कैप्शन उनकरा मन के इमोशंस के जता रहल बा| अमिताभ बच्चन के ट्विटर हैंडल पर सामने आईल इ वीडियो अब खूब वायरल हो रहल बा
इ वीडियो के अमिताभ बच्चन आपन ट्विटर हैंडल से शेयर कइले बाड़न, जेकरा पर लोग खूब रिएक्शन दे रहल बाड़न| इ वीडियो में एगो डॉगी बड़ा प्यार से सुतल छोटा बच्चा के कंबल ओढ़ावत नजर आ रहल बा| एकरा कैप्शन में अमिताभ लिखलन ‘आखिर यह ऐसा कर कैसे सकता है.‘
बता दीहीं कि हाले में अमिताभ बच्चन के भारतीय सिनेमा के सबसे बड़ा सम्मान दादा साहेब फाल्के अवॉर्ड देवे के घोषणा कईल जा रहल बा| एकर जानकारी खुद सूचना एवं प्रसारण मंत्रालय मंत्री प्रकाश जावड़ेकर देले रहलन|
उहवें सिनेमा के बात करीं त इ हफ्ता अमिताभ बच्चन के पहिला तमिल फिल्म ‘सैरा नरसिम्हा रेड्डी‘ रिलीज हो चुकल बा| अब अमिताभ बच्चन जल्दीए ‘चेहरे‘, ‘झुंड‘, ‘ब्रह्मास्त्र‘ अउर ‘गुलाबो सिताबो‘ में नजर आवे वाला बाड़न|