राखी सावंत बन गइली आधी मां, यूके से पोस्ट कइली वीडियो

0
492

ड्रामा क्वीन राखी सावंत आपन सीक्रेट वेडिंग के बाद से लगातार चर्चा में बनल बाड़ी|रोजे राखी आपन सोशल मीडिया अकाउंट पर आपन मैरिड लाइफ से जुड़ल खुलासा कर सबके चौंकावत रहेली| राखी के सीक्रेट वेडिंग के बाद उनकर फैन के राखी के सीक्रेट पति के देखे के इंतजार बा| लेकिन राखी के पति के बा? कइसन देखाई देवला इ अब तक राखी सीक्रेट रखले बाड़ी|

आपन वीडियो से सोशल मीडिया पर सनसनी मचावे वाली राखी एक बार फेर आपन नया वीडियो खातिर सुर्खी में आ गइल बाड़ी| राखी 24 सितंबर के दिन आपन सोशल मीडिया अकाउंट पर वीडियो शेयर करते हुए बतवली कि उ आपन पति के पास लंदन में बाड़ी| राखी के वीडियो के सबसे दिलचस्प बात इ बा कि उ वीडियो में खुद के आधे मां बतावत बाड़ी| राखी कहत बाड़ी, ‘मैं हूं आधे मां, आधे मां का मतलब मैं आधे कपड़े पहनती हूं.राखी वीडियो में फैन्स से इहो कहत बाड़ी कि अगर कोई के कौनो तरह के कोई समस्या बा त उ उनकरा से कमेंट बॉक्स में बताकर सलाह ले सकेला|

राखी के पति के अभी केहु ना देखले बा| राखी अभी तक आपन पति के सीक्रेट रखले बाड़ी| दुल्हन के रूप में राखी के सिंगल तस्वीर दुनिया के सामने आईल बा| इहां तक कि अब पति के पास लंदन जाए के बाद भी राखी आपन पति के कौनो तस्वीर शेयर ना कइले बाड़ी|

राखी एगो इंटरव्यू में बतवली कि उनकर पति रितेश शर्मीला बाड़न| उ मीडिया से दूर रहल पसंद करेलन एहिसे अब तक कैमरे के सामने नइखन आइल| लेकिन राखी 29 सितंबर से शुरू हो रहल बिग बॉस 13 के ग्रैंड प्रीमियर में परफॉर्म करिहें| बिग बॉस में राखी आपन पति के पहिली बार दुनिया के सामने लावे के बात कहले रहली| अब बिग बॉस के ग्रैंड प्रीमियर के साथ लोग राखी के हसबैंड के देखे के भी इंतजार रहल बाड़न|

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here