अजय श्रीवास्तव के प्रोडक्शन प्रेजेंट्स के बैनर तले बनल फिल्म “परवरिश” के फर्स्ट लुक रिलीज होते ही दर्शक के बीच वायरल हो गईल बा |फिल्म के फर्स्ट लुक पोस्टर के देख के इ अंदाजा लगावल जा रहल बा की फिल्म एक्शन अउर रोमांस से भरपूर बा, पोस्टर में गायक अउर अभिनेता रितेश पांडेय, यश कुमार, अभिनेत्री स्मृति सिन्हा अउर शिविका दीवान नजर आ रहल बाड़न|
फिल्म के पोस्टर में यश कुमार पुलिस ऑफिस के यूनिफार्म में नजर आ रहल बाड़न , जेकरा देख इ अंदाजा लगावल जा सकेला की यश कुमार फिल्म में पुलिस के किरदार निभइहें| फिल्म के निर्माता निर्देशक अजय श्रीवास्तव के हिट फिल्म में नथुनिया पे गोली मारे, रिक्शावाला आय लव यू, तेरे नाम, लतखोर, सुहाग, हो गइनी दीवाना तोहरे प्यार में, इन्साफ, दूल्हे राजा अउर घरवाली बाहर वाली शामिल बा|
अजय बतवलन की, ‘फिल्म के पूरा टीम बहुत बढ़िया बा, फिल्म के पूरा टीम आपन सौ प्रतिशत देले बा| अब कुल दर्शक के हाथ में बा, काहे की भोजपुरी फिल्म ज्यादा तर उत्तर प्रदेश अउर बिहार झारखण्ड में ज्यादा चलेला| लेकिन आजकाल दूनों राज्य में पानी भरल बा|
एकरा आगे अजय कहलन, ‘इ बाढ़ के कारण सभे लोग बहुत तकलीफ में बाड़न, हमसे अउर हमरे टीम से जेतना हो सकल,हमनी आपन योगदान भेजवा दिहली अउर मीडिया के माध्यम से रऊआ सभ के इ सन्देश देवल चाहिला की रऊआ भी मदद खातिर आगे बढ़ीं|
फिल्म में रितेश पांडेय, यश कुमार, स्मृति सिन्हा, शिविका दीवान, अउर अमित शुक्ला मुख्य भूमिका में नजर अइहें| म्यूजिक गोविन्द ओझा, लिरिक्स मनोज मतलबी , पंकज तिवारी, लेखक सुरेंद्र मिश्रा, देवेंद्र तिवारी, एडिटर जीतेन्द्र सिंह उर्फ़ जीतू, डांस राम देवन बाड़न| चंदू गुप्ता फिल्म के निर्माता अजय श्रीवास्तव अउर ममता बढ़वा बाड़न|