एक्ट्रेस श्वेता तिवारी के नया लुक के देखके दिवाना भईलें लोग

0
1346

TV एक्ट्रेस आउर हिन्दी आउर भोजपुरी फिल्म में अपना अदा और अभिनय से दिवाना बना देवे वाली अभिनेत्री श्वेता तिवारी आए दिन सुर्खियों में बनल रहेली। ऊ एक बार फिरसे सुर्खियों मंन बाड़ी। एह बार चर्चा उनके हेयरकट के लेके बा। उनके एह हेयरस्टाइल के लोग काफी पसंद कर रहल बा। आपके बता दीं कि श्वेता तिवारी एह समय सोनी टीवी के कार्यक्रम ”मेरे डैड की दुल्हन” में नजर आ रहल बाड़ी आउर ऊ हाले में नया हेयरकट करवले बाड़ी। ऊ अपना इंस्टाग्राम अकाउंट पर अपना नया लुक के तस्वीरे शेयर कईले बाड़ी। एह तस्वीर में उनके साथ हेयरस्टाइलिस्ट कान्ता मोटवानी भी नजर आ रहल बाड़ी।

श्वेता तिवारी तस्वीर शेयर करतके लिखली ”मैं दुनिया की सबसे अच्छी हेयरस्टाइलिस्ट कान्ता मोटवानी के साथ हूं”।  उनकरी एह तस्वीर पर ”बिग बॉस” के एक्स कंटेस्टेंट आउर ”कसौटी जिंदगी की” में उनके साथ काम कर चुकल एक्टर करणवीर बोहरा लिखलें, ”तुम एक डॉल की तरह लग रही हो और कान्ता मोटवानी ने तुम्हें डॉल बनाया है”। ओईजा ”ये रिश्ता क्या कहलाता है” में काम कर चुकल एक्ट्रेस निधि उत्तम लिखली कि श्वेता काफी क्यूट लग रही हैं। साथे श्वेता तिवारी के फैन्स उनके एह नया हेयरकट के काफी पसंद कर रहल बाड़ें। उनके एगो फैन लिखलस, ”आप एक टीनएजर लग रही हैं”। ओईजा एगो अन्य युजर लिखलस, ”हमेशा के लिए सौंदर्य प्रेरणा’’

एहसे पहिले बॉलीवुड एक्ट्रेस नीना गुप्ता भी अपना नया शॉर्ट हेयरस्टाइल के कारण काफी सुर्खियां बटोरले रहली।बॉलीवुड एक्ट्रेस नीना गुप्ता हाले में बॉब कट करवले बाड़ी आउर ऊ अपना एह न्यू लुक के फोटोज के इंस्टाग्राम पर भी शेयर कईले बाड़ी। आपके बता दीं, कि नीना गुप्ता के हेयरकट भी कान्ता मोटवानी ही कईले बाड़ी।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here