हरियाणा के पंचकुला में मैथिली ठाकुर समेत भोजपुरी के 40 कलाकार मचईहें धमाल

0
645

प्रवासी एकता मंच एक दिसबंर के ताऊ देवीलाल स्टेडियम में भारत के प्रथम राष्ट्रपति डॉ राजेन्द्र प्रसाद के जयंती समारोह में सह भोजपुरी महाकुंभ के आयोजन होखे जा रहल बा। एकरा तैयारी के लेके पूर्वांचल संगठन रविवार के शाम के सेक्टर-4 स्थित हुड्डा जिमखाना क्लब में बैठक भईल आउर आपस में सब के जिम्मेदारी तय कईल गईल। बैठक के अध्यक्षता करे वाला प्रवासी एकता मंच के अध्यक्ष सत्येन्द्र सिंह ने कहलन कि पूर्वांचल के मान सम्मान बनावे खातीर आउर पूर्वांचल के संस्कृति के बढ़ावा देवे के खातीर  डॉ राजेन्द्र प्रसाद के जयंती समारोह सह भोजपुरी महाकुंभ के आयोजन गुड़गांव में पिछला 8 साल से कईल जाता। पिछला साल कईगो पूर्वांचल संगठन आयोजन में शामिल भईल रहलन आउर एह बार भी करीब 12 से अधिक पूर्वांचल संगठन आयोजन में हिस्सा लिहें।

बैठक में मनीष सिंह, भगवान झा, अमिताभ कश्यप, सच्चिदानंद, विश्व विजय झा, यंग स्टार सेवा समिति के अध्यक्ष डॉ जेपी कुश्वाहा, संस्थापक प्रदीप कनौजिया, उपाध्यक्ष जगदेव कुशवाहा, शमशूल, अकबर खान, बसई इन्क्लेव छठ पूजा समिति के वेदानंद तिवारी, राहुल पांडेय, राजेश पटेल, राजेन्द्र कुमार, दिलीप सिंह, राजपूत एकता फाउंडेशन के एनके सिंह, मिथिला समिति के गोपाल सिंह, श्री करूणाकर नायक चैरिटेबल ट्रस्ट सेक्टर-9 के प्रमोद कुमार, कन्हई छठ पूजा समिति के दीपक वर्मा मौजूद रहलन।

मैथली ठाकुर
मैथली ठाकुर

दुपहर 1 बजे से लेके 9 बजे तक चली इ कार्यक्रम

सेक्टर 2 स्थित जिमखाना क्लब में आयोजित बैठक के संबोधित करत समय पूर्वांचली संस्था के पदाधिकारी कहलन की एह बार के सारोह में बिहार के सुप्रसिध्द गायिका मैथिली ठाकुर, गोलू राजा, स्मिता सिंह, अंजना आर्य, राजेश तिवारी कौशल किशोर झा, भावना सिंह, निधि दूबे, गुड़गांव के भोजपुरी कलाकार साथी उमेश, राजू राज समेत करीब 40 कलाकारों को आमंत्रित किया गया है। इसके अलावा गुड़गांव के स्कूली बच्चे भी दिन में अपनी प्रस्तुति देंगे। कवि सम्मेलन का भी आयोजन किया गया है। कार्यक्रम में दिल्ली भाजपा के अध्यक्ष व सांसद मनोज तिवारी समेत राष्ट्रीय व प्रदेश स्तर के कई राज नेताओं को भी आमंत्रित किया गया है। एक दिसबंर को ताऊ देवीलाल स्टेडियम में कार्यक्रम दोपहर एक बजे से लेकर रात 9 बजे तक चलेगा।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here