दहेज के एकदम विरोधी हउवें भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणाल

0
1813

भोजपुरी जगत के कईगों अइसन कलाकार बाडन जवन रील लाइफ के रीयल लाइफ में जीए लन…. ओही में से एगों हवन भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणाल

भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणाल के दिल, समाज के  कुरीतियों प रोयेला । दहेज के आग में उ एगो पिता के भूमिका में कईगों फिल्म में जलल बाडन।

रियल लाइफ में भी उ इ संवेदनशील मुद्दा के लेकर काफी गंभीर रहेलन। जब दहेज के दर्द आवेला त उनका अंदर उ किरदार जाग जाला  जबन एक बेटी के शादी खातीर उकर पिता दर दर के ठोकर खाला।

एगों इंटरव्यू के दौरान कहलन की एह तरह के फिल्‍म में, हम उ कहानी अउर उ सीन के जिहीला . इ कहते उनका आंख से आंसू छलकत नजर आइल अउर आगे कहलन की काश इ किरदार के दर्द समाज के हर इंसान समझ पाइत।

अइसन होइत त शायद देश के हर बेटी गर्व महसूस करती।

हाल में ही बिहार के सीएम नीतीश कुमार  दहेज अउर कन्‍या भ्रूण हत्‍या के खिलाफ पूरे राज्‍य में अभियान शुरु कइले बाडन। कुणाल कहलन की सरकार के इ कैंपेन के हम दिल से समर्थन करतानी।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here