खाके मुर्गा पीके बियर बोलअ हैप्पी न्यू ईयर … सिक्स पैक ऐब्स अउर गला में ढ़ेरों सोना के साथ भोजपुरिया सुपर स्टार खेसारीलाल यादव के नया साल प इ गाना रिलीज भईल
इ गाना के बोल सुनी…इ गाना 30 दिसंबर के यू-ट्यूब पर आइल रहे। कुछे दिन में इ गाना के 22 लाख से उपर लाइक मिल चुकल बा।
हैरान करे वाला बात त इ बा कि भोजपुरी सिनेमा त दिन-प्रतिदिन आपन संस्कृति अउर संस्कार भुला के अश्लीलता परोसते बा ,बाकी यू-ट्यूब के इ लाइक देखके लागता की भोजपुरी संस्कृति के हत्यारा अश्लीलता परोसे वाला ना बल्की एकरा बढ़ावा देवे वाला लोग बाड़न….
जहवां दिन के शुरुआत बड़-बुजुर्ग के पांव छुके होखेला, तहवां साल के पहिला दिन मुर्गा खाके बीयर पीके… संदेश दिहल जा रहल बा। इ गाना के बोल में पुर्वाचल के सादगी अउर मिठास के कवनों मेल नईखे। आज के चकाचौंध भरल दुनिया में, हमनी के इ बात भूल चुकल बानी जा की अइसन संदेश के समाज प का असर पड़ी।