भोजपुरी में बाहुबलि जइसन फिल्म बनाके देखा देब

0
548

भोजपुरी में कुछो नया होखेला त मन गदगदा जा ला हो। भोजपुरिये त हमर पहचान ह। बिहारे हमरा के सुपरस्टार बनेलस ह। सरकार मदद कर दे त हमनियो के भोजपुरी में बाहुबलि जइसन फिल्म बनाके देखा देब। भोजपुरी फिल्म के सुपरस्टार रविकिशन विगत शनिवार के अपना प्रशंसकन आउर  मीडिया से एही अंदाज में मिलले।

ओहिजा भोजपुरी फिल्म के एक और सुपरस्टार पवन सिंह भी कहले  कि। हमनी के सब मिलके भोजपुरी पर लागल अश्लीलता के धब्बा मिटाइब जा। इ इतना मीठ भाषा ह और भोजपुरी के दुनिया इतना बड़ा बा। एकरा के और ऊंचाई पर ले जायके बा।

भोजपुरी फिल्म के इ दुनु चर्चित कलाकार शनिवार के एक पांच सितारा होटल में एक नया  भोजपुरी चैनल के लांचिंग समारोह में मीडिया से मुखातिब भइल। साथ में भोजपुरी फिल्म के अभिनेत्री मधु शर्मा अउर सेविका दीवान के साथ निर्माता अभय सिन्हा भी मौजूद रहले। भोजपुरी के साथ हिन्दी फिल्मों में भी अपन अलग पहचान  रखे वाला रविकिशन कहले  कि पिछले सत्रह साल हमनी  सब भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के लिए सरकार से निहोरा कर तानी। भोजपुरी के नया ऊंचाई पर ले जाये खातिर पवन सिंह, खेसारीलाल, निरहुआ आदि खूब मेहनत कर रहल बाड़े ।

अभिनेता-गायक पवन सिंह दुबई और मारीशस के बाद अब भोजपुरी फिल्म खातिर लंदन जात बाड़े। इ बहुते ही गर्व के बात बा। सौ कलाकार लंदन इंटरनेशनल भोजपुरी फिल्म अवार्ज समारोह में शिरकत करिहे। अभिनेत्री मधु शर्मा कहली कि राजस्थानी होते हुए भी उनका भोजपुरी में बहुत प्यार मिलल। भाषा कभी आड़े ना आवेला। निर्माता अभय सिन्हा कहले कि लंदन में भोजपुरी फिल्म खातिर बेस्ट एक्टर,बेस्ट एक्ट्रेस,बेस्ट फिल्म सहित कई अवार्ड दिहल जाई ।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here