करोड़ों दिलों के धड़कन राजेश खन्ना अउर उनकर बेटी ट्विंकल के आज जन्मदिन ह। भारतीय बॉलीवुड अभिनेता, निर्माता-निर्देशक राजेश खन्ना रोमांटिक हीरो के रूप में आज भी आपन दर्शकों के दिल में जिन्दा बाड़न।
बॉलीवुड में काका के नाम से प्रसिद्ध राजेश खन्ना कईगो हिन्दी फ़िल्म बनवलें अउर राजनीति में भी प्रवेश कइलन। 1966 में आखिरी खत से आपन अभिनय के शुरुआत करे वाला राजेश खन्ना के सर्वश्रेष्ठ अभिनय खातीर तीन बार फिल्म फेयर पुरस्कार मिलल।
उनकर ‘आराधना’, ‘सच्चा झूठा’, ‘कटी पतंग’, ‘हाथी मेरे साथी’, ‘महबूब की मेहंदी’, ‘आनंद’, ‘आन मिलो सजना’, ‘आपकी कसम’ जइसन फ़िल्म कमाई के नया कीर्तिमान स्थापित कइलस। ‘आराधना’ फ़िल्म के गाना ‘मेरे सपनों की रानी कब आयेगी तू…’ उनकर कैरियर के सबसे बड़ हिट गीत माना जाला। ‘आनंद’ राजेश खन्ना के कैरियर के सर्वश्रेष्ठ फ़िल्म में से एक ह।
काका के कहनाम रहे कि उ आपन ज़िन्दगी से बहुत खुश बाड़न अउर उनका दुबारा मौका मिली त उ फिर राजेश खन्ना ही बनल चहिहें।