नवजात शिशु के जब डॉक्टर रोआवे के खातिर मरले त गुस्सा से तमतमा गईल बच्चा – वायरल भईल तस्वीर

0
1146

दुनिया में सबसे खूबसूरत पल उ होला जब एगो मां गर्भ में पल रहल अपना बच्चा के जन्म देली। ब्राजील के अस्पताल में अईसन भईल जेसे हर कोई हैरान हो जाई। ब्राजील के रियो डी जेनेरियो के अस्पताल में 13 फरवरी के एगो बच्ची के जन्म भईल। जन्म के बाद से ही ओह बच्ची के फोटो सोशल मीडिया पर काफी वायरल हो रहल बा। वायरल फोटो में नवजात बच्ची डॉक्टर के गुस्सा से देखेते नजर आ रहल बिया। बच्ची के ई गुस्सा वाला एक्सप्रेशन इंटरनेट पर काफी वायरल हो रहल बा।

इसाबेल परेरा डी जीसस
इसाबेल परेरा डी जीसस

बता दि कि बच्ची के जन्म के बाद डॉक्टर जब गर्भनाल काटे से पहिले बच्ची के रुलावे के कोशिश कईले त बच्ची गुस्से से डॉक्टर के देखलस। बच्ची के ई एक्सप्रेशन देख डॉक्टर हैरान रह गईले। एह पल के कैमरे में कैप्चर कर लिहल गईल। जेके बाद से ही सोशल मीडिया पर बच्ची के एक्सप्रेशन के तस्वीर वायरल होये लागल।

इसाबेल परेरा डी जीसस माता पिता के साथे

दरअसल बच्ची जन्म के बाद रोवत ना रहे त डॉक्टर बच्ची के रोवाये के कोशिश कईले ताकि पता चल सकें कि बच्ची स्वस्थ बिया कि नही, जईसे ही डॉक्टर बच्ची के रोवावे के कोशिश कईले त बच्ची गुस्सा से देखे लाग गईल। गर्भनाल काटे के बाद बच्ची रोये लागल। बच्ची के फोटो अस्पताल के तरफ से शेयर कईल गईल। फोटो के लेके डॉक्टर बोलले कि ई बहुत ही शानदार पल रहे। बच्ची के पैरेंट्स बच्ची के नाम इसाबेल परेरा डी जीसस रखले। बच्ची के जन्म ऑपरेशन से भईल रहे।

गुस्से से देखत बच्ची
गुस्से से देखत बच्ची

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here