एक्ट्रेसन के शादी से काहे लागे ला डर ?

0
1111

भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में कई एक्ट्रेस 30 से 38 साल के उम्र पार कर चुकल बाड़ी, बाकी अभी ले ओहन लोग के शादी के कवनों इरादा नईखे। ओह लोगन के कहनाम बा कि विवाह बंधन में बंधला के बाद उनकर करियर डूब जाई। शादी के बाद खाली सपोर्टिंग रोल ही मिली। इंडस्ट्री से जुड़ल लोग के भी कहनाम बा कि शादी के बाद एक्ट्रेस लोग के फिल्म में लीड रोल कम ही मिलेला। एही बात के डर से एक्ट्रेस लोग शादी करे से बचेली।

38 के उम्र पार कर चुकल रानी चटर्जी भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में 2004 से एक्टिव बाड़ी। रानी 200 से ज्यादा फिल्म में काम कइले बाड़ी। मनोज तिवारी के संगे ‘ससुरा बड़ा पइसा वाला’ से करियर के शुरुआत करे वाली रानी के भी अभी शादी के कवनों इरादा नईखे।

रिंकू घोष, मोनालिसा अउर संभावना सेठ जइसन भोजपुरी के कई पॉपुलर एक्ट्रेस के करियर प शादी के असर पड़ल बा, जेकरा चलते दूसर एक्ट्रेस लोग सावधान हो गईल बाड़ी। मोनालिसा बिग बॉस 10 में प्रेमी विक्रांत सिंह राजपूत संगे शादी कइले रहली अउर शादी के बाद उनके कम फिल्म मिले लागल।

कुछ अइसने आइटम गर्ल संभावना सेठ के साथ भी भईल। संभावना सेठ के आपन प्रेमी अविनाश के संगे शादी कइला के बाद आइटम सांग के मौका कम मिल रहल बा। त वहीं सीनियर एक्ट्रेस रिंकू घोष के भी शादी के बाद पति संगे दुबई में शिफ्ट होखे के पड़ गईल।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here