बॉलीवुड के इतिहास में फिल्म ‘शोले के एक-एक डायलॉग ऐतिहासिक बा| फिल्म के सारा किरदार के छवि हमनी के दिमाग में कहीं छप सा गइल बा| जय-वीरू, बसंती के अलावा गब्बर, सांभा आउर कालिया के किरदार अमर हो चुकल बा| उवहें, ‘शोले‘ फिल्म में ‘कालिया‘ किरदार से मशहूर भइल फिल्म कलाकार विजू खोटे के हार्ट अटैक से मौत हो गइल| आपन अभिनय से लोगन के दिल पर राज करे वाला 78 वर्षीय विजय खोटे मुंबई स्थित आपन निवास स्थान पर आखरी सांस लेलन|
कई फिल्मों में कइलन काम
छोट छोट सीन के जरिए ही दर्शक के दिल में आपन जगह बनावे वाला कलाकार वीजू खोटे के हम कई फिल्म में देखली आउर पसंद कइली| शोले में कालिया के अलावा, कॉमेडी फिल्म ‘अंदाज अपना-अपना‘ में भी वीजू खोटे के ‘रॉबर्ट‘ के किरदार के काफी पसंद करल गइल रहल| जेकरा में उनकरा डायलॉग ‘गलती से मिस्टेक हो गई‘ काफी फेमस भइल रहल|
लंबे समय से रहन बीमार
काफी लंबा समय से बीमार चलत रहन विजू खोटे के हाले में अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहल| 300 से ज्यादा हिंदी मराठी फिल्मों आउर धारावाहिक में काम कर चुकल बाड़न|