बिहारी लिट्टी साउथ इंडियन स्टाइल में!

0
2233

बिहारी व्यंजन लिट्टी पूरा दुनिया मे प्रसिद्ध बा। आपन स्वाद के बल पर आज ई देश दुनिया में गज़ब के ख्याति प्राप्त कर लेले बा। कुछ दिन पहले माननीय प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के लिट्टी खात वीडियो बहुत वायरल भईल रहे।
अइसे त लिट्टी के असली स्वाद तबे आवेला जब ई गोइठा पर पकावल जाला । एह विधि से पाकल लिट्टी में आग के सोंधापन एकर स्वाद के अउरी अधिक बढ़ा देला लेकिन हर जगह गोइठा उपलब्ध ना होला। बहुत लोग के लगे ओके जलावे खातिर पर्याप्त जगह के अभाव भी होला। तबो लिट्टी खातिर आपन प्रेम के लिट्टी-प्रेमी लोग त्यागल नाहीं बल्कि ओके पकावे के अलग अलग विधि के खोज कर डालल।
लिट्टी भरे के विधि त ऊहे बा..कई साल पुरान …
हरिहर मिर्च, अदरक अउरी लहसुन के बारीक काट लीं फिर एमें अजवाइन मंगरेला अउरी लाल मिर्च के अचार के मसाला अउरी तेल डालके अच्छे से मसल के मिला लीं। ऊपर से एमें बारीक कटल प्याज़ अउरी नमक मिला लीं। यदि धनिया पत्ती उपलब्ध बा त ओकरो के बारीक काटके मिला लीं । अब एमें सोंन्ह स्वाद अउरी ख़ुश्बू के चना के सत्तू मिला लीं। लीं भरावन के सामग्री तैयार बा अब एके आवरण के तैयारी कईल जाव।
गेहूँ के आटा में थोड़ा सा अजवाइन मंगरेला हल्का नमक मिलाके पानी से सान लीं .. मतलब गूँथ लीं। अब बारी ह लिट्टी भरे के। आटा के छोट-छोट गोला बना के ओके बीच गड्ढा करके कटोरी जइसन बना लीं। अब ओमे मसालेदार सत्तू भर के फिरु हर तरफ़ से आटा के मिला के गोल गेना(बॉल) जइसन बना लीं। ध्यान रहे कि सत्तू के पूरे से भरीं अउरी आटा के आवरण चारों तरफ़ एक जइसन रहे । तबे मज़ा आई।
अब बारी आवता लिट्टी पकावे के:
लिट्टी पकावे में गज़ब विविधता बा। कहीं-कहीं पर लिट्टी सीधे घी से भरल कढ़ाई में डूबो के धीमा आँच पर उलट पुलट के कुरकुरा होखे तक पकावल जाला। ई लिट्टी काफ़ी खस्ता होला। कहीं पर एके उबाल के चाहे भाप पर पकवला के बाद में घीव चाहे तेल में तरल जाला। ए तरे बनल लिट्टी नरम होला। कमज़ोर दाँत वाला लोग भी एके पूरा स्वाद लेके खाला। कहीं कहीं पर लिट्टी के माइक्रोवेव ओवन में भी पकावल जाला। ई बेक्ड लिट्टी कहाला।

आज लिट्टी पकावे के नया विधि बता रहल बानी रंजीता रंजन गुप्ता जी। रंजीता अइसे तो समाजसेविका हईं लेकिन कुकिंग के भी शौकीन बानीं। एकरा खातिर सतुआ के भरावन त ऊहे रही लेकिन ओके आवरण में यानी कि आटा में बाक़ी सामग्री के साथे बेकिंग पाउडर मिला लीं अउरी दूध से गूँथ लीं। अब सतुआ के तैयार भरावन डाल के गोला बना लीं।
आजकल बाजार में अप्पे मेकर खूब मिल रहल बा। अप्पे दक्षिण भारतीय व्यंजन ह । अप्पे बनावे वाला बर्तन में गोल गोल गड्ढा होला। एमें ओही साइज के लिट्टी बना के रखत जाईं अउरी धीमे आँच पर पकाईं । एक तरफ़ हल्का लाल हो गइला पर एके पलट के दूसरा तरफ़ सेंक लीं। अब सब लिट्टी पर हल्का घी डाल के पका लीं।
बस लीं ना, गरमागरम, गोल-गोल अउरी लाल-लाल कूरमूरी लिट्टी तैयार … अब एके तोड़ के थोड़ा अउरी घी डालके आलू बैंगन टमाटर के चोखा, तड़का दाल अउरी दही के साथे परोसी खाईं अउरी खिलाईं।

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here